छठ गीत- कवन सुगवा मार देलस ठोरवा – आशीष कुमार

छठ गीत- कवन सुगवा मार देलस ठोरवा – आशीष कुमार

कवन सुगवा मार देलस ठोरवा
ए रामा गजब भइले ना
कि आहो रामा सुगवा जुठार देलस केरवा
ए रामा गजब भइले ना

कतना जतनवा से भोगवा बनइनी
ए रामा गजब भइले ना
कि आहो रामा सुगवा जुठार देलस भोगवा
ए रामा गजब भइले ना

छोटका बबुआ जे बहंगी उठइले
ए रामा गजब भइले ना
कि आहो रामा सुगवा जुठार देलस सेउवा
ए रामा गजब भइले ना

सुगवा जे उड़ले आकाशवा
सूरुज देव पासवा
ए रामा गजब भइले ना
कि आहो रामा सूरुज देव खींचले परनवा
हो गिर गइले सुगना
ए रामा गजब भइले ना

कि सुगनी जे करेली विलपवा
सूरुज देव दीही ना आशीषवा
ए रामा गजब भइले ना
कि आहो रामा दिहले आशीष
सुग्गा उड़ले आकाशवा
ए रामा गजब भइले ना

पावन छठी मैया के व्रतवा
करे सब लोगवा
ए रामा गजब होइहे ना
कि छठी मैया दीहे आशीषवा
हो भरिहे अँचरवा
ए रामा गजब होइहे ना

You might also like