आश्विन शुक्ल प्रतिपदा से नवमी माँ दुर्गा पूजा Navami Maa Durga Puja from Ashwin Shukla Pratipada

दर्शन दे द मैया- भोजपुरी देवी गीत

दर्शन दे द मैया – भोजपुरी देवी गीत

कहवाँ रहेलू मैया
खोजेला बलकवा
तोहरे दरश खातिर
उठेला ललकवा
तोहरा बिना मैया
जिंदगी भईल बा उजाड़
हो…..
दर्शन दे द मैया
होई के तू शेर पर सवार

अड़हूल बेला के
लगइनी फुलवारी
माला ले के अइनी
शरण तिहारी
अपना अचरवा से
बरसाईऽ द पिरितिया अपार
हो…..
दर्शन दे द मैया
होई के तू शेर पर सवार

हमरा लागे मैया
कुछुवो ना बा हो
भक्ति तू देखऽ मैया
जियरा में बा हो
कहवाँ से करीं हम
धूप बाती के जुगाड़
हो…..
दर्शन दे द मैया
होई के तू शेर पर सवार

सब भक्तन के तू
लाज रखेलू
बिगड़ी बनावेलू तू
दुखवा हरेलू
हमरो जिनगिया के
करी द ना तू उजियार
हो…..
दर्शन दे द मैया
होई के तू शेर पर सवार

माया मोह से
मुक्ति दिला द
भवसागर से तू
पार लगा द
देइ द आशीष मैया
करी द तू हमरो उद्धार
हो…..
दर्शन दे द मैया
होई के तू शेर पर सवार

– आशीष कुमार
मोहनिया, कैमूर, बिहार

Please follow and like us:

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

You cannot copy content of this page